दुल्हन उतराई गीत: बबुआ अम्मा पूछेली
- स्वर: चेतना सिंह
- गीतकार: अज्ञात
- रिकॉर्ड लेबल: आपन गीत
लिरिक्स
बबुआ अम्मा पूछेली,
एक बतिया।
बबुआ अम्मा पूछेली,
एक बतिया।
बबुआ का ले खइल ससुररिया – 2
अम्मा ! बासी अ भात खट्टा दहिया – 2
अम्मा ! उहे खइनी ससुररिया।
अम्मा ! उहे खइनी ससुररिया।।
बबुआ एक दिन ला गइल ससुररिया – 2
बबुआ ले अइल सास के बड़इया।
बबुआ ले अइल सास के बड़इया।।
बबुआ चाची पूछेली,
एक बतिया।
बबुआ का ले खइल ससुररिया – 2
अम्मा ! चाची बासी अ भात खट्टा दहिया,
चाची बासी अ भात खट्टा दहिया।
चाची ! उहे खइनी ससुररिया।
चाची ! उहे खइनी ससुररिया।।
बबुआ एक दिन ला गइल ससुररिया,
बबुआ ले अइल सास के बड़इया।
बबुआ ले अइल सास के बड़इया।।
- Advertisement -