होमविवाह गीतमटकोर गीतकवना बने रहलु ए कोईलर

कवना बने रहलु ए कोईलर

-

मटकोर गीत : कवना बने रहलु ए कोईलर

  • स्वर: चेतना सिंह
  • गीतकार: अज्ञात
  • रिकॉर्ड लेबल: आपन गीत

लिरिक्स

कवना बने रहलु ए कोईलर,
कवना बने जास।
कवना बने रहलु हो कोईलर,
कवना बने जास।
केकरा दुअरवा हो कोईलर,
उच्चहल जास।
केकरा दुअरवा हो कोईलर,
उच्चहल जास।
रने बने रहलू हो कोईलर,
बिरदाबने जास।
बाबा का दुअरवा कोईलर,
उच्चहल जास।
चाचा का दुअरवा कोईलर,
उच्चहल जास।
कवना बने रहलु हो कोईलर,
कवना बने जास।
केकरा दुअरवा हो कोईलर,
उच्चहल जास।
केकरा दुअरवा हो कोईलर,
उच्चहल जास।
रने बने रहलू हो कोईलर,
बिरदाबने जास।
भइया का दुअरवा कोईलर,
उच्चहल जास।
भइया का दुअरवा कोईलर,
उच्चहल जास।

Protected by Copyscape

Leave a reply

कृपया अपनी टिप्पणी दर्ज करें!
कृपया अपना नाम यहाँ दर्ज करें

- Advertisement -