होमविवाह गीतकन्यादान गीतचौका बइठल बेटी रोयेली

चौका बइठल बेटी रोयेली

-

कन्यादान गीत: चौका बइठल बेटी रोयेली

  • स्वर: चेतना सिंह
  • गीतकार: अज्ञात
  • रिकॉर्ड लेबल: आपन गीत

लिरिक्स

चौका बइठल बेटी रोयेली,
पापा पापा पुकारेली,
पापा पापा पुकारेली,
पापा पापा पुकारेली।
कथिये पिड़हिया पापा हो बइठल बानी,
हमरा के बइठइले बानी,
हमरा के बइठइले बानी,
हमरा के बइठइले बानी ।
कथिये के छतिया पापा हो कइले बानी,
हमरा के तेजत बानी,
हमरा के तेजत बानी हमा,
उस के पीड़हिया बेटी हो बइठल बानी,
तोहरा के बइठइले बानी,
तोहरा के बइठइले बानी।
बज़र के छतिया बेटी हो कइले बानी,
तोहरा के तेजत बानी,
तोहरा के तेजत बानी।
चौका बइठल बेटी रोयेली,
चाचा चाचा पुकारेली,
चाचा चाचा पुकारेली चाचा।
कथिये पिड़हिया चाचा हो बइठल बानी,
हमरा के तेजत बानी,
हमरा के तेजत बानी।
उस के पीड़हिया बेटी हो बइठल बानी,
तोहरा के तेजत बानी,
तोहरा के तेजत बानी।
बज़र के छतिया बेटी हो कइले बानी,
तोहरा के तेजत बानी,
तोहरा के तेजत बानी।
कथिये पिड़हिया अम्मा हो बइठल बाड़ू,
हमरा के बइठइले बाड़ू हमा,
कथिये पिड़हिया चाची हो बइठल बाड़ू,
हमरा के बइठइले बाड़ू,
हमरा के बइठइले बाड़ू।
कथिये के छतिया अम्मा हो कइले बाड़ू,
हमरा के तेजत बाड़ू,
हमरा के तेजत बाड़ू हमा,
बज़र के छतिया बेटी हो कइले बानी,
तोहरा के तेजत बानी तोहा,
अरे ! पापाजी के जँघिया बेटी बइठवले बानी,
तोहरा के बइठवले बानी तोह,
अरे ! पापाजी के जँघिया बेटी बइठवले बानी,
तोहरा के बइठवले बानी तोह,
बज़र के छतिया बेटी हो कइले बानी,
तोहरा के तेजत बानी,
तोहरा के तेजत बानी।
कथिये के छतिया भइया हो कइले बानी,
हमरा के तेजत बानी,
हमरा के तेजत बानी हमा,
पत्थर के छतिया बहिनी हो कइले बानी,
तोहरा के तेजत बानी,
तोहरा के तेजत बानी।

Protected by Copyscape

Leave a reply

कृपया अपनी टिप्पणी दर्ज करें!
कृपया अपना नाम यहाँ दर्ज करें

- Advertisement -