शुक्रवार, अप्रैल 11, 2025

जइह ना बाजार सइयाँ

छठ गीत: जइह ना बाजार सइयाँ

  • स्वर: चेतना सिंह
  • गीतकार: अज्ञात
  • रिकॉर्ड लेबल: आपन गीत

लिरिक्रस


जइह ना बाजार सइयाँ,
केरवा ले अइह,
अरे ! केरवा ले अइह।
भूखल बानी ना,
हम भूखल बानी ना।
हम त छठी के वरतिया भूखल बानी ना -2
जइह ना बाजार सइयाँ,
दउरा ले अइह,
अरे ! दउरा ले अइह।
हम घाटे जाइब ना,
हम त घाटे जाइब ना,
हम त घाटे जाइब ना।
जइह ना बाजार सइयाँ,
सूपवा ले अइह,
अरे ! सूपवा ले अइह।
अरग देब ना,
हम अरग देब ना।
हम भूखल बानी ना,
हम त छठी के वरतिया भूखल बानी ना।
तीन दिन से भूखल बानी,
होत बा ना खड़ा,
अब त होत बा ना खड़ा।
हम भूखल बानी ना,
हम त छठी के वरतिया भूखल बानी ना।
जइह ना बाजार सइयाँ,
उंखिया ले अइह,
अरे ! उंखिया ले अइह।
कोशिया भरब ना,
हम कोशिया भरब ना।
हम भूखल बानी ना,
हम त छठी के वरतिया भूखल बानी ना।
जइह ना बाजार सइयाँ,
बाजना बनहिय बाजना बजहिय,
भूखल बानी ना,
हम भूखल बानी ना।
हम त छठी के वरतिया भूखल बानी ना -2
जइह ना बाजार सइयाँ,
फलवा ले अइह,
अरे ! फलवा ले अइह।
भूखल बानी ना,
हम त छठी के वरतिया भूखल बानी ना -2

- Advertisement -

शेयर करें :

संबंधित लोकगीत
और भी

अरे! सेर भर गेहूँवा

छठ गीत : अरे! सेर भर गेहूँवा स्वर: चेतना सिंह गीतकार:...

अरे नीचा कच मचिया

छठ गीत: अरे नीचा कच मचिया स्वर: चेतना सिंहगीतकार: अज्ञात...

चढ़त कर्तिकवा छठी मइया

छठ गीत: चढ़त कर्तिकवा छठी मइया स्वर: चेतना सिंह गीतकार: अज्ञात...

सब दिन उगनी सूरजमल

छठ गीत: सब दिन उगनी सूरजमल स्वर: चेतना...